Banshidhar Chaudhary

Godi me lalanwa song lyrics Arvind Akela kallu

बानी परसान सुनी दुनिया के तनवा

देदा माई हो देदा माई हो

बानी परसान सुनी दुनिया के तनवा

देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

चाही नाहि अन धन सोना आ गहनवा

देदा माई हो

एगो सोने जस ललनवा देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

लोरवे से भोर होला दुनिया अन्हार बा

सुन ली बिंतीया इहे अर्जी हमारा बा

हा लोरवे से भोर होला दुनिया अन्हार बा

सुन ली बिंतीया इहे अर्जी हमारा बा

जवना मे बसे माई हमरो परणवा

देदा माई हो देदा माई हो

जवना बसे छठी माई हमरो परणवा

देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

अपने अंगनवा बिरनवा मईया लागे

कवने कलम से मईया लिखलु हमार भागे

अपने अंगनवा बिरनवा मईया लागे

कवने कलम से मईया लिखलु हमार भागे

ताना मारी डहताटे जालिम जबानवा

देदा माई हो देदा माई हो

ताना मारी डहताटे जालिम जबानवा

देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

हमारा गोदी मे ललनवा देदा माई हो

Related Articles

Check Also
Close
Back to top button