Banshidhar Chaudhary
Papa ban jaiha song lyrics Ankush Raja
रोज बिछा के लेवा हो
खईला मन भर मेवा हो
छव महिना ऐ राजा करे परी सेवा हो
सतवा महिना पिया फल फूल खियाहीअ
आठवा महिना राजा तेलवा लगईहा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा
गोदी मे बबुआ खेलाइह आहो राजा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा
खाये के मन करी तोहरा लावे के परी
सेजिया प दिहा चाट छोला ऐ हो राजा
खाटा मिठा खूब मन होला ऐ राजा
हमारा के छोर राजा बहरी ना जईहा
होई दरद जब बैदा बोलाईह
सब देवी देवता मनाइहा आहो राजा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा
गोदी मे बबुआ खेलाइह आहो राजा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा
चौका आ चुल्ही सब करिहा तु कुल्ही सब
होई जाई राजा हो गोर जब भारी
समझे के परी अंकुश जी लाचारी
परी सताईसा मे त कार्ड छपवाईहा
बॉस जी संघे हित जन के बोलईहा
अंगने मे सोहर गवाईहा आहो राजा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा
गोदी मे बबुआ खेलाइह आहो राजा
नौआ मे पापा बन जईह आहो राजा